YOU ARE HERE  Home > Blogs >

GST ३१ अक्टूबर २०१७

GST DOST's BLOG

आवे वाला ३१ अक्टूबर २०१७... हर व्यापारी के जीवन में ए साल बहुत ज़्यादा ही महत्व राख रहल बा... काहे कि उस अन्तिम तारीख हस, निम्नलिखित रिटर्न जमा करे खाती ।

TRAN-1 स्टॉक में रखल माल के क्रेडिट खाती

GSTR-2- जुलाई २०१७ खाती

GSTR-CMP03 कम्पोज़िशन डीलर खाती

इनकम टैक्स ऑडिट

टीडीएस रिटर्न - सितम्बर २०१७ तिमाही के ।

लिहाज़ा एकर जानकारी ले लीं कि राउर रिटर्न के स्टेटस का बाटे... अउर हाँ! अगर कवनों समस्या आ रहल बा तss आपन कंसलटेंट भा सीए से बात करीं | हम तss बड़लहीं बानी । समय से रिटर्न जमा ना कइला पर लेट फी, पेनाल्टी वगैरह तss लगबे करी, लेकिन जवन क्रेडिट मिलेके बाटे, उss भी ना मिली ।

GST के रिटर्न फाइलिंग में रउआ के कुछ सावधानी बरते के होखी, ओपर ध्यान दीं:-

१) अगर रउआ किहाँ जुलाई २०१७ महीना के खरीद के बिल बाटे मगर माल अगस्त भा ओकरा बाद आइल ह, तss रउआ ओकर क्रेडिट जुलाई २०१७ में मत लिहीं ।

२) हर क्रेडिट के आगे रउआ के T1, T2, T3, T4 जवन लागू बाटे उss दर्शावे के पड़ी ताकि C1, C2, D1, D2 के गणना हो सके । हर केहू के T4 मत बताईब । CGST २०१७ के नियम ४२ अउर ४३ के ना खलिसे पढ़ीं बल्कि ओकर आपन व्यापार पर पड़ल प्रभाव भी समझीं अउर विकल्प पर चुनाव सावधानीपूर्वक करीं । GSTR-2 में GSTN के उल्लेख होखेला ना कि पार्टी के नाम के । रउआ के कंसलटेंट भा एकाउण्टेंट के आपन हर GSTN अउर कवन अकाउंट में खर्च भईल बाटे उss बतावे के पड़ी ताकि उ सही विकल्प चुन सके।

३) अगर राउर GSTR-2A में कवनों क्रेडिट नईखे आईल मगर रउआ किहाँ ओकर बिल बाटे, माल भा सर्विस मिल गईल बाटे तss ओकरा के GSTR-2 में जोड़ दिहीं अउर आपन वेंडर के एकर जानकारी दें दीं ताकि ओकरा के उ एक्सेप्ट कई लें।

४) Submit बटन दबावे से पहीले तनिका सोच लेब । एक बार बटन दब गइल, तss फिर बदलाव ना होखी ।

५) रउआ GST के वेबसाइट पर ऑनलाइन ५० इनवाइस तक ही अपलोड कर सकेनी ।

६) GSTR-2A खलिसे देखे अउर समझे खाती हss । एकरा के जमा नईखे करे के ।

७) रउआ GSTR-2 में छेड़छाड़ ना कर सकेनी, सप्लायर के GSTN, इनवाइस नं., रिवर्स चार्ज के फ्लैग अउर प्लेस ऑफ सप्लाई। रउआ किहाँ विकल्प बाटे:-

(ए) एक्सेप्ट (बी) रिजेक्ट (सी) पेंडिंग (डी) मोडिफाइ चुने खाती ।

८) TRANS-1 ओकरे ही फाइल करे के पड़ी जेकरा क्रेडिट लेवे के बाटे । TRANS-1 में स्टॉक के जानकारी इनवाइस वाइज़ अपलोड ना होखी । रउआ के Consolidated जानकारी अपलोड करे के पड़ी मगर Back Calculation Sheet तैयार राखीं | अंदाज़ा कई के क्रेडिट मत लेब । रउआ GSTR-1 में जवन माल बिक्री करेनी ओकर क्वान्टीटेटिव डीटेल अपलोड करेनी जबकि GSTR-2 में खरीद के । राउर स्टॉक रजिस्टर से ओकर रिकॉनसाइल करावे के पड़ी ।

९) अगर राउर C, F, H फार्म अभी ले नईखे आईल तss ओकरा के मंगावे के प्रयास में तेज़ी ले आईं काहे कि जवन फार्म नईखे आईल, रउआ के ओकर जानकारी भी अपलोड करे के पड़ी अउर बकाया टैक्स के भुगतान भी करे के पड़ी ।

GST DOST के एगो डिविज़न अब छठ पूजा से भोजपुरी में भी बात करीभोजपुरी में रउआ सभे खाती ब्लॉग के साथे विडियो वगैरह भी आईराउर सुझाव हमनी के अउर भी बेहतर बनाई    

..............................................

रउआ अगर GST के बारे में कुछ जाने चाहतानीss कुछ समझे चाहतानीss ss askdost.com पर जाईं,  रजिस्टर्ड करी अउर राउर Query पोस्ट करीहर तरह के सुझाव के हमनी के स्वागत करेनी जाकॉल करी 9088883000 पर भा रउआ हमनी से आ के भी मिल सकेनी|